हाई फैशन, फास्ट फैशन आउर सेक्स.
प्रीमियम यात्रा, किफायती यात्रा, चाहे दिन-रात यात्रा!
मीम्स, ट्रेंडिंग डांस पोज, हंसावेवाला आउर कबो-कबो डरावे वाला फिल्टर सभ.
अइसने तरह के चीज सभ सोशल मीडिया पर लोग के अपना ओरी खींचेला, हंगामा के बिषय बनेला. बाकिर पारी एह तरह के शोर-शराबा वाला चीज के पाछू ना रहे. एकरा बावजूद हमनी साल 2023 में सोशल मीडिया जइसन उलझल दुनिया में निश्चित संख्या में दर्शक लोग तक पहुंचे आउर अपना इहंवा बांध के रखे में कामयाब रहनी. बाकिर कइसे? एगो बहुते सरल, आ कम उपयोग आवे वाला तरीका से: असली आउर ताकतवर कहानी से.
साल 2023 के बिदा करे घरिया हमनी बतावे के चाहत बानी कि केतना अलग-अलग तरह के दर्शक लोग हमनी के काम पसंद कइलक (ई छोट क्लिप देखीं).
बांसवाड़ा के ‘कुरसी वाला मेहरारू’ पर हमनी के सोशल मीडिया पोस्ट के लाखन लोग पसंद कइलक. नीलांजना नंदी के ई कहानी राजस्थान में मेहरारू लोग के मरद, चाहे रुतबा वाला आदमी सामने कुरसी, चाहे ऊंच स्थान पर ना बइठे के परंपरा के उजागर करेला. इंस्टाग्राम पर एह रील के करीब-करीब सात लाख बेरा देखल गइल. वइसन हजारन मेहरारू लोग एह पोस्ट पर आके कमेंट कइलक, जे ई प्रथा अपना इहंवा सह रहल बा. कुछ लोग मानलक कि अइसन छोट बात के लोग नजरअंदाज कर देवेला. त उहंई कुछ लोग के कहनाम रहे कि अइसन कवनो प्रथा आजो मौजूद बा, एकर कल्पना ना कइल जा सके. एगो इंस्टाग्राम यूजर, मल्लिका कुमार के कमेंट रहे, ‘अइसन भेदभाव देखे-समझे खातिर गहिर नजर चाहीं.’ उनकर ई कमेंट रोज के जिनगी के साधारण अऩुभव के रिपोर्टिंग करे वाला लोग खातिर बहुते बड़ तारीफ आउर सम्मान के बात बा.








