विश्व डाक दिवस के अवसर पर पारी रउआ लोगनी के देवरायपटना के गांवे-गांवे चिट्ठी-पत्री बांटे वाला एगो डाक बाबू से मिलवावे के चाहत बा. रेणुका प्रसाद. ऊ कर्नाटक के तुमकुरु में अकेले छव गांव में डाक पहुंचावेलन. रोज भोरे-भोरे साइकिल उठा के जरूरी चिट्ठी आ कागज पहुंचावे निकल जालन. एतना जरूरी आउर मिहनत वाला काम करे के बावजूद ऊ सरकार के पेंशन से वंचित बाड़न
हनी मंजूनाथ तुमकुरु के टीवीएस अकादमी के छात्र बाड़न.
Editor
PARI Education Team
हमनी गांव-देहात आउर हाशिया पर रहे वाला लोग के कहानी के स्कूली पाठ्यक्रम के हिस्सा बनावे खातिर काम कर रहल बानी. हमनी आपन आस पास के सवाल पर लिखे आउर ओकरा दर्ज करे वाला युवा पीढ़ी संगे काम करेनी. ओह लोग के पत्रकारिता के भाषा में कहानी कहे के ढंग सिखावेनी, रस्ता देखावेनी. एह खातिर छोट-छोट पाठ्यक्रम, सत्र आउर कार्यशाला के सहारा लेहल जाला. संगही, अइसन पाठ्यक्रम तइयार कइल जाला जेकरा से छात्रन के आम आदमी के रोज के जिनगी आउर परेसानी के समझे में मदद मिल सको.