“आप प्रकाश संघे पैदा भईल बानी आ हमनी के अंधेरा संघे,” नंदराम जामुनकर अपनी माटी के घर के बहरा बईठल कहेलन. हमनी के अमरावती जिला के खड़ीमाल गांव में बानी जा जहां 26 अप्रैल 2024 के आम चुनाव होखे वाला बा. नंदराम जवना अंधेरा के बात करत बाड़ें उ एकदम शाब्दिक अर्थ वाला हवे; महाराष्ट्र के ए आदिवासी बहुल गांव में कब्बो बिजली ना आईल.
“हर पांच साल पर केहू न केहू आवेला आ बिजली ले आवे के वादा करेला. बिजली के त बतिये छोड़ीं, उ अपनहूं फिर दुबारा ना वापस आवेला,” उ बतावेलन. निर्दलीय उम्मीदवार नवनीत कौर राणा 2019 में शिवसेना उम्मीदवार आ पूर्व केन्द्रीय मंत्री आनंदराव अडसुल के हरा के सत्ता में आईल रहली. ए बेरी उ भारतीय जनता पार्टी के उम्मीदवार के रूप में ए सीट से चुनाव लड़त बाड़ी.
चिखलदरा तालुका के ए गांव में 198 परिवारन (2011 के जनगणना अनुसार) के आबादी मुख्य रूप से महात्मा गांधी राष्ट्रीय ग्रामीण रोजगार गारंटी (मनरेगा) पर निर्भर बा आ कुछ जेकरी लगे जमीन बा, उ लोग बरखा पर निर्भर खेती करेला जेमे ज्यादातर मक्का उगावल जाला. खड़ीमाल में ज्यादातर लोग अनुसूचित जनजाति (एसटी) बा जे हमेशा से बिना पानी आ बिजली के रहल बा. नंदराम कोरकू जनजाति से हवें आ 48 बरिस के ई आदिवासी कोरकू भाषा बोलेलन. ए भाषा के 2019 में जनजातीय मामलन के मंत्रालय द्वारा लुप्तप्राय भाषा के रूप में चिन्हित कईल गईल रहे.








