गोस्वामी बतावत बारन, “नसबंदी के तीन चरण बा. सबसे पहिले चीरा लगावल जाला, फेर ओकरा के बंद कइल, आ आखिर में लैप्रोस्कोपिक उपकरण से फैलोपियन ट्यूब पर काम कइल जाला. एह सब काम के समय रोशनी के सही व्यवस्था बहुत जरूरी ह.” जइसे-जइसे दिन बीतत गइल, बाहर रोशनी कम होत गइल. एही से खोली में भी पूरा रोशनी ना लागत रहे, लेकिन उहंवा मौजूद इमरजेंसी लाइट केहु ना जरवलस.
पांच मिनट से भी कम समय में एगो महिला के सर्जरी पूरा हो गइल आउर डॉक्टर अगिला टेबल प आ गइले. एक के बाद एक करिके, तीनो औरत लोग के काम हो गइल. ऊ कहले, “हो गइल, हो गइल!” ई ओहिजा मौजूद सहायक आ आशा कार्यकर्ता लोग के इशारा रहे कि ऊ मेहरारू के टेबुल से उतरे में मदद करस आ अगिला ग्रुप के सर्जरी बदे तइयार राखस.
बगल के खोली में गद्दा बिछावल गइल रहे. उहंवा खोली के पीयर रंग के देवालन पर नमी आ काई के दाग लागल रहे. सामने के दरवाजा से सटल शौचालय से बदबू आवत रहे. सर्जरी के प्रक्रिया पूरा होखला के बाद नेहा के लेटावे बदे उहंवा ले आवल गइल. कुछ आराम के बाद उनकरा आउर बाकी महिला के एम्बुलेंस से घरे छोड़ दिहल गइल. आधा घंटा बाद जब ऊ एम्बुलेंस में चढ़ली तबो उनकरा होश ना आइल. ऊ अभी भी तनी-तनी बेहोश बारी. काहेकि ई सब बहुत जल्दी हो गइल रहे आउर उनका के ठीक से बेहोश ना कइल गइल रहे.
नेहा जब सासु के संगे घरे पहुंचली त आकाश उनकर इंतजार करत रहले. उनकर सास ताना मारली, “जब मरद लोग घरे लवटेला त उम्मीद करेला कि ओकर महतारी, मेहरारू, लइका, ओकर कुकुर इंतजार करी. बाकिर इहंवा त सब उलटा बा.” एकरा बाद उनकर सासु मां सीधे घर के एगो छोट कोना में नेहा बदे चाय बनावे चल गइली, जवन असल में घर के रसोई रहे.
नेहा आपन पेट पकड़ के ऊ जगह देखावे लगली जहंवा चीरा लागल रहे. उहंवा चौकोर पट्टी साटल रहे.
दू दिन बाद नेहा रसोई में बइठ के खाना बनावत रहली. पट्टी अबहियो लागल रहे, चेहरा से दरद छलछलात रहे. टांका के घावो अबहीं ठीक ना भइल रहे. ऊ कहत बारी, “बाकिर, झंझट त खतम भइल.”
पारी आ काउंटरमीडिया ट्रस्ट देश भर में गंउवा के किशोरी आउर जनाना के केंद्र में रख रिपोर्टिंग करेला. राष्ट्रीय स्तर पर चले वाला ई प्रोजेक्ट 'पापुलेशन फ़ाउंडेशन ऑफ़ इंडिया' के पहल के हिस्सा बा. इहंवा हमनी के मकसद आम जनन के आवाज आ ओह लोग के जीवन के अनभव के मदद से महत्वपूर्ण बाकिर हाशिया पर पड़ल समुदायन के हालत के पड़ता कइल बा.
रउआ ई लेख के छापल चाहत कइल चाहत बानी? बिनती बा [email protected] पर मेल करीं आ एकर एगो कॉपी [email protected] पर भेज दीहीं.
अनुवाद: स्वर्ण कांता