pari-series-on-womens-health-bho

Sep 16, 2023

मेहरारू के सेहत पर पारी शृंखला

भारत के गांव-देहात के मेहरारू लोग के प्रजनन आउर यौन सेहत पर उनकर आपबीती पारी के एह शृंखला में दरज कइल गइल बा. एह कहानी में मेहरारू लोग के बच्चा पैदा ना कर सके के दुख, जबरिया गर्भपात, परिवार नियोजन से ‘कन्नी कटावत मरद’, पहुंच से बाहिर गांव के खराब स्वास्थ्य देखभाल ब्यवस्था के बारे में जाने आ समझे में मदद मिली. इहंवा अइसन कहानी आ रिपोर्ट भी भेंटाई, जवना में झोलाछाप डॉक्टर, नर्स, अकुशल दाई आउर जोखिम भरल तरीका से जचगी, माहवारी चलते भेदभाव, बेटा के जादे महत्व आ अइसने आउर बहुते कुछ शामिल बा. एह में से बहुते कहानी भारत के गांव-देहात में सेहत से जुड़ल पूर्वाग्रह, आउर रीति-रिवाज, आम लोग आउर समुदाय, लैंगिक अधिकार, लइकी आ मेहरारू लोग के रोज-रोज के संघर्ष के बारे में बा, उनकर छोट-छोट जीत आउर खुशी के बारे में भी बा

Want to republish this article? Please write to [email protected] with a cc to [email protected]

Author

PARI Contributors

Translator

Swarn Kanta

स्वर्णकांता एगो पत्रकार, एडिटर, टेक ब्लॉगर, कंटेन्ट राइटर, ट्रांसलेटर, लिंग्विस्ट आ एक्टिविस्ट बारी.