हमार घर एगो आदिवासी गांव, इंदिरा कॉलोनी में बा. इहंवा अलग अलग आदिवासी समुदाय के कुल 25 ठो परिवार रहेला. गांव में पानी के टंकी, शौचालय, आउर पिए के पानी खातिर कुइंया भी बा.
गांव के कुछ लोग लगे खेत बा, जे में ऊ लोग धान, बैंगन, मकई, झुलना, भिंडी, करैला, कद्दू आ कोलथा (हॉर्स ग्राम), कंडुला (तुअर दाल), मूंग जइसन बहुते तरह के दाल उगावेला. जादे करके लोग धान के खेती करेला काहेकि हमनी के अपना खाए खातिर भी एकर जरूरत पड़ेला. धान के खेती हमनी बरसात में करिला.
धान के फसल तइयार होखला पर कुछ अनाज घरे खातिर रख बाकी के बाजार में बेच दिहिला. हाट में धान बिकाए जाला, त खाद आउर दोसर चीज के खरचा निकलला के बाद जे बचेला, उहे हमनी के आमदनी होखेला.
हमनी के गांव में कुछ घर फूस के बा. फूस से बनल होखे से धूप, बरसात आउर सरदी में जादे परेसानी ना होखे. बाकिर एकरा हर एक-दू बरिस पर बदले के पड़ेला. हमनी आपन घर फेर से तइयार करे खातिर बागुली घास, सालुआ, बांस, लाही आउर जंगल के लकड़ी के उपयोग में लाविला.








