चंद्रपुर में खेती-किसानी खूनी पेशा काहे बन गइल बा?
अभयारण्य लगे खेत-खलिहान में बाघ आउर सुअर जइसन जंगली जनावर के हमला में केतना किसान घायल भइले, केतना के आपन जानो गंवावे के पड़ल. जलवायु संकट आउर फसल के भाव गिरे-उठे से हलकान किसान लोग के सामने एगो आउर खतरा आ गइल बा. ताडोबा अंधारी टाइगर रिजर्व लगे आदमी आउर जनावर के बीच लड़ाई तेज हो रहल बा. प्रोजेक्ट टाइगर के सफलता से एकर का नाता बा, अइसन हाल में गांव के लोग कइसे रहत बा, एह पर पढ़ीं एगो खास रिपोर्ट