तामिलनाडु में विरुदाचलम के कलाकार लोग माटी के पुतरी औरी दीया गढ़ेला. अब ई कार से कौनो बान्हल कमीनी त होला ना, तब्बो इ कलाकार माटिये से जनमल आपन कला गढ़त रहेला
एम. पलानी कुमार पीपुल्स आर्काइव ऑफ रूरल इंडिया के स्टाफ फोटोग्राफर बानी. उहां के मेहरारू मजूर आउर हाशिया पर रहे वाला लोग के जिनगी पर डॉक्यूमेंट्री बनावे में दिलचस्पी बा.
पलानी के साल 2020 में सम्यक दृष्टि आउर फोटो साउथ एशिया अनुदान आ साल 2021 में एम्पलीफाई अनुदान मिलल रहे. एकरा बाद साल 2022 में उहां के पहिल दयानिता सिंह-पारी डॉक्यूमेंट्री फोटोग्राफी अवार्ड से नवाजल गइल. पलानी तमिलनाडु के मैला ढोवे वाली मजूरन पर, तमिल में बनल डॉक्यूमेंट्री 'कक्कूस' (शौचालय) के सिनेमाटोग्राफर भी रह चुकल बानी.
See more stories
Translator
Smita Vajpayee
स्मिता वाजपेयी नरकटियागंज, बिहार से आवे वाला एगो लेखिका बानी. उहां के कविता आउर यात्रा के भी शौक बा.