पराई ड्रम बाजत बा आउर रैली सुरु होखे लागत बा.
मोटा-मोटी 60 लोग के भीड़ नारा लगावत बा: “जय जय जय जय भीम, जय आंबेडकर जय भीम.” मुंबई के धारावी में महानिर्वाण रैली चल रहल बा. डॉ. बी.आर आंबेडकर के पुण्यतिथि हर बरिस 6 दिसंबर के मनावल जाला.
एक के बाद एक करके लोग मोमबत्ती जरावत बा आउर धारावी के पेरियार चौक पर जुटत बा. एशिया के सबसे बड़ झुग्गी बस्ती धारावी के रौनक अचानक बढ़ जात बा. इहंवा जय भीम फाउंडेशन आज महापरिनिर्वाण दिवस (आंबेडकर के पुण्यतिथि) मनावत बा. रैली मोटा-मोटी दू घंटा ले चली आउर फेरु ई.वी रामास्वामी (पेरियार) चौक से निकल के करीब 1.5 किमी दूर गणेशन कोविल में लागल आंबेडकर प्रतिमा तक जाई.
वेनिला बतावत बाड़ी. “आज के दिन हमनी खातिर उत्सव जइसन बा. पूरा मुंबई शहर 14 अप्रिल (आंबेडकर जयंती) आउर 6 दिसंबर के दिन जातिगत भेदभाव झेले वाला लोग के हक दिलावे में एह महान नेता के योगदान के इयाद कइल जाला,” वेनिला सुरेश कुमार, आपन घरवाला सुरेश कुमार राजू संगे फाउंडेशन के बहुत महत्वपूर्ण सदस्य में से एगो बाड़ी. “हमनी गली के बुल्लु रंग के झंडा से सजाइला. दुआरिए दुआरिए जाके लोग के साथे आवे के कहिला.”
एकरा बाद ऊ जाके आंबेडकर के मूरति पर माला चढ़इली. ई मूर्ति धारावी में अकेला मूरति बा. बाद में आपन नेता के योगदान के इयाद करत तमिल गीत गावे वाला एगो मंडली में जाके गीत गावे लागत बाड़ी.

















