“परीक्षा के तैयारी कईल हमनी के जिम्मेदारी हवे. प्रश्नपत्र सुरक्षित रहे, ई सुनिश्चित कईल अधिकारियन के जिम्मेदारी हवे,” स्पष्ट रूप से खिसिआईल लउकत अंशु कुमारी कहेली.
अंशु (24) प्रतियोगी परीक्षा के दबाव के बढ़िया से समझेली. उ स्कूल में पढ़ावेली आ संघही एगो मुक्त विश्वविद्यालय से बैचलर ऑफ़ एजुकेशन (बी.एड.) के पढ़ाई कर रहल बाड़ी. एकरी संघे उ राज्य के सरकारी स्कूलन में नौकरी पावे खातिर केन्द्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा (सिटीईटी) के तैयारी भी कर रहल बाड़ी.
अंशु 2023 आ 2024 में सरकारी नौकरी पावे के उम्मीद से बैंक भर्ती परीक्षा दिहले रहली बाकिर उनके सफलता ना मिलल. एकरी बाद उ पढ़ावे के रास्ता चुनली आ रात-रात भर जाग के राज्य स्तरीय शिक्षक भर्ती परीक्षा के तैयारी में जुट गईली.













