“वेंडा,” नाम पूछला पर ऊ तमिल में जवाब देली. पहिले त लागल ऊ जवाब देवे से मना करतारी. बाकिर बाद में समझ में आइल कि असल में ई उनकर नाम बा. वेंडा, तमिल शब्द वेंडाम के छोट रूप बा, जेकर मतलब होखेला, ‘ना चाहीं’, चाहे ‘अनचाहल’.
एन. वेण्डाम, नरसिम्हन आ स्वर्गीय राजम्मल के 39 साल के लइकी बाड़ी. ऊ घर के पचमा संतान रहस. उनकर जनम घरिया उनकर माई कइएक बेरा गर्भधारण से देह से कमजोर हो चुकल रहस. तीन लइका आ दू लइकी के बाद वेण्डाम जनमल रहस. उनकर माई-बाऊजी उनकर नाम ‘वेंडा’ एह प्रार्थना संगे रखलक कि अब आउर बच्चा ना होखे. उनकर आधार कार्डो में उनकर नाम ‘वेंडाम’ लिखल बा.
कुछ साल पहिले ले, जब राजम्मल जिदा रहस, हमरा से बातचीत में कहले रहस कि जदि ई बच्चा लइका रहित, त ओकर नाम ‘वेंडा’ ना रखल गइल रहित. बाकिर लइकी होखे के चलते उनकर भविष्य जन्म प्रमाणपत्रे में तय हो गइल.
अइसे त, राजम्मल अइसन नाम रखला पर पछतइबो करेली. ऊ आपन लइकी से कहलो रहस, “जदि तोहार कवनो शुभ नाम रखाइल रहित आ बेर-बेर ‘वेंडा-वेंडा’ ना पुकारल गइल रहत, त शायद तोहर किस्मत जादे अच्छा होखित.”
वेंडा जानेली कि तमिलनाडु के तिरुवल्लूर जिला के उनकर गांव, मद्दूर में ‘वेंडा’ नाम के कमो ना त, द मेहरारू लोग आउर होई. ऊ पारी से कहेली, “हमनी के समुदाय में आ आस पास के गांव सब में ई नाम बहुते आम होखत रहे.”





