“आपके मालूम बा हमनी के चेहरा मास्क के पीछे काहे छिपवले बानी जा? ओकरी पीछे हमनी के आपन दर्द छिपवले बानी जा,” उत्तर 24 परगना जिला के दत्तापुकुर के लगे के गांव से आईल श्यामल मन्ना कहेलन. “हमनी के एइजा एकरी खातिर बानी जा काहें कि हमनी में गुस्सा बा.”
कॉकरोच जनता पार्टी (सीजेपी) के आह्वान पर शुरू भई प्रदर्शन अब पूरा देश में गति पकड़ चुकल बा. कोलकाता के ए प्रदर्शन में आम मीम आ पोस्टरन के अलावा बड़ी संख्या में युवा लोग आयरनमैन, सुपरमैन आ बुराई के अंत करे वाला अन्य फ़िल्मी किरदारन के मास्क पहिनले रहें.
कोलकाता रैली 24 जुलाई के दुपहर लगभगर 2.45 बजे सियालदह स्टेशन से शुरू भईल आ एकर गंतव्य स्थल एस्प्लेनेड रहे. स्थानीय अखबारन के अनुसार, एमे दसियों हजार लोगन के भागीदारी रहे. सांझी के करीब 6 बजे प्रदर्शनकारी आ कोलकाता पुलिस के बीच भईल मामूली झड़प के बाद पानी के बौछार (वाटर कैनन) चलावल गईल.


















