किरण गहाला, 54 बरिस, आ उनकर जइसन दोसर आदिवासी किसानन खातिर ई लड़ाई नया नइखे.
19 जनवरी, 2026 के ऊ पालघर के डोलहारी बुद्रुक गांव के आपन छोट घर से लाल बुश्शर्ट पहिरले, गरदन में गमछा लपेटले निकलन. गांव में इंतजारी कर रहल टेंपो-ट्रक में दोसर आदिवासी किसानन संगे चढ़ गइलन. सभे केहू चारोटी गांव ओरी निकल पड़ल. महाराष्ट्र ऑल इंडिया किसान सभा (एआईकेएस) के बैनर तले निकले वाला ई एगो आउर बिशाल मार्च बा.
मैदान में हजारों-हजार के तादाद में किसान लोग जुटल बा. मीडिया आ एआईकेएस के मानल जाव, त रैली में मोटा-मोटी 50,000 लोग जुटल बा. सब लोग पालघर के आदिवासी इलाका से आइल बा. ऊ लोग कलेक्टर के ऑफिस ओरी पैदले निकल पड़ल. जमीन पर हक ठीक से लागू होखे, मनरेगा फेरो बहाल होखे, वाढवण पोर्ट बंद होखे आ पिए आ खेती करे के पानी के इंतजाम कइल जाव. ऊ लोग के इहे सब खास मांग बा.











