हम सबरपाड़ा पहुंचनी त रात हो गईल रहे. बन्दुआन तालुका के कुंचिया गांव के किनारे पर एकर इगारह गो घर सड़क से दूर बा, ई माटी के छोट घरन के समूह हवे जेकर सम्बन्ध सावर (सबर भी कहाला) समुदाय से हवे.
उनकर घर आधा अन्हार में हवे आ एइजे से जंगल के शुरुआत होखेला. ई जंगल आगे गईला पर अउरी घना होखत जाला आ दुआर्सिनी पहाड़ी से मिल जाला. साल, सेगुन, पियाल आ पलाश के पेड़न के ई जंगल भोजन- फल फूल आ सब्जी– आ आजीविका के जरिया हवे.
सावर समुदाय के पश्चिम बंगाल में डी-नोटीफाईड ट्राइब (डीएनटी) आ अनुसूचित जनजाति दूनों में सूचीबद्ध कईल गईल बा. ई लोग ओ कई गो जनजातियन में बा जिनके औपनवेशिक ब्रिटिश सरकार के अपराधिक जनजाति अधिनियम (सीटीए) द्वारा ‘अपराधी’ के रूप में चिन्हित कईल गईल रहे. भारत सरकार 1952 में ए अधिनियम के निरस्त कर दिहलस आ अब जनजातियन के डी-नोटीफाईड ट्राइब्स (डीएनटी) या नोमेडिक ट्राइब्स (एनटी) कहल जाला.
सबरपाड़ा (जेके सबरपारा भी कहल जाला) में आज भी, परिवार आजीविका चलावे खातिर जंगलन पर निर्भर बा. नेपाली सबर (26) ओमे से एक बाड़ी. उ पुरुलिया जिला के अपनी कच्चा मकान में अपना पति घलतू, दू गो बेटी आ एगो बेटा संघे रहेली. सबसे बड़ बेटी जवन नौ बरिस के बिया, अभी कक्षा 9 में पढ़ेले. दूसर अभी छोटे बा आ सबसे छोट माई के दूध पर पलता. परिवार के कमाई साल (शोरेया रोबुस्टा) के पत्तन पर निर्भर बा.




