दयनिता सिंह 2022 में पारी के संघे मिल के दयनिता सिंह–पारी डाक्यूमेंट्री फोटोग्राफी पुरस्कार सुरु कईली. ई पुरस्कार पीपल्स अर्काइव ऑफ़ रूरल इंडिया के एम. पलानी कुमार के मिलल रहे.
ए साल के दू लाख रुपिया के दयनिता सिंह–पारी डाक्यूमेंट्री फोटोग्राफी पुरस्कार पीपल्स अर्काइव ऑफ़ रूरल इंडिया के उभरत प्रतिभाशाली फोटोग्राफर आयना के जा रहल बा.
आयना फोटोग्राफी में व्यक्तिगत कारणन से अईली, इहां के आपन अइसन याद सब के संजोवल चाहत रहनी जवना के भुला जाये के खतरा रहे. उनका समझ में आईल कि जवन चीज अंदरूनी स्तर पर बहुत आम लउकेला, उहे बाहरी स्तर पर अबले बहुत लोगन के ना कहल गईल राजनितिक कहानियन के कहे के बहुत बढ़िया माध्यम हो सकेला. ई बात उनका तब बुझाईल जब इहां के सेबेस्टियन सल्गारो, विवियन मायेर, शंकर सरकार, पलानी कुमार वगैरह के काम देखली. ई जागरुकता कोविड-19 के भीषण महामारी के दौरान पारी के संघे काम करत के अउरी मजबूत भईल.
उनकरी लेंस से कमाठीपुरा के सेक्स वर्कर लोगन के आ कोविड-19 महामारी के दौरान बिना स्वास्थ्य सहयोग के गांव के प्रवासी लोगन के बहुत संवेदनशील तस्वीर खींचल गईल. आयना द्वारा प्रस्तुत कुल लगभग 23 फोटो स्टोरीज में आयना महानगर के कोना अंतरा में रहे वाला अद्भुत पात्रन से मिलावेली. एमे शामिल बा- मुंबई के लोकल में एगो राजस्थानी प्रवासी संगीतकार, शहर के टैक्सी ड्राईवर लोग, गेटवे ऑफ़ इंडिया के फोटोग्राफर लोग, गदहा के दूध बेचे वाला आ कर्णाटक के प्रवासी जवन मुंबई के गलियन में घूम के अपना के कोड़ा मारेला. जवनी संवेदनशीलता आ सुहानुभूति से इहां के शहरन में रहे वाला ग्रामीणन के जीवन के कहानी पेश करेली, ओकर कवनो जोर नईखे.















