हबीब-उन-निसा जौन हिंसा देखली, ओकरा से उ डेरा गईली. बाकिर प्रदरसनकारी कुल से उनका बलो मिलल. गुजर गईल सना शेख के माई पारी से कहली, “हम एगो साधारण माई बानी जेकर दुनिया ओकर लईके हवन कुल. हम एगो गृहस्थिन जइसन आपन जिनगी गुजरले बानी, बाकिर सत्ता में बईठल लोग एकरा के तहस-नहस क दहल. ओही लोग के चलते हमार बेटी जान चल गईल. रउआ सबनी के हमनी के जान बचावे के चाहीं ना कि हमनी के जिनगी बर्बाद करे के चाहीं.”
3 मई, 2026 के सना के परीक्षा में बहुत अच्छा कईला के बाद, केंद्र सरकार घोसना कईलस कि नीट के पेपर खुल गईल बा, त छात्र कुल के दुबारा से परीक्षा देवे के होई. उ एकदम टूट गईली. ओकर जबरदस्त तैयारी के ओकरा ऊपर पहिलही बहुत असर परल रहे. नीट एगो बहुत मस्किल परीक्षा ह, जेमे मेडिकल कालेजन में 1,30,000 से कम सीट खातिर 20 लाख से बेसी लोग मोकाब्ला करेला. सालन के तैयारी के बाद, सना के बुझाइल कि अब उ दबाव ख़तम हो गईल बाकिर अब उनका फेर से ऊहे मस्किल समय से गुजरे के होई.
अफ़सोस के बात बा कि दुबारा परीक्षा दहला के बोझा, आत्महत्या के नोट लिखे से बेसी भारी लागल. 21 जून के होखे वाला दुबारा परीक्षा के एक दिन पहिले, अपना कोठरी में फंदा कसे से पहिले उ लिखली,, “हमरा के माफ़ क दीहा”
उ ओ 20 लईकन में से एगो रहली, जे एही कारन से आत्महत्या क लहल.
जफ़र कहलन, “उ बिहाने उ हमार कौल के कवनो जवाब ना दहलस. सायद हम ओकरा से बात क पवतीं, त आज उ हमनी के साथे रहीत.”
दुखमी माई हबीब-उन-निसा कहली, “एतना दूर खाली एहीसे आईल बानी कि बता सकीं कि हम कौना समय से गुजर रहल बानी.” उनका अभियो इ माने में मस्किल होता कि उनकर जेठ बेटी अब इ दुनिया में नईखी. उ कहली, “हम पांच साल में मर जाईं चाहे बुढापा ले जिंदा रहीं, बाकिर इ दरद हम जिनगी भर अपना साथे ले के चलेम. रात में हमारा ठीक से नींन ना लागेला, आधा रात के हमार हाथ-गोड़ कांपे लागेला.”
तभिनो माई बाप आपन दू गो लईकी- जेकरा उमिर 15 साल औरी 11 साल बा- के पाछे छोड़ के दिल्ली आ गईल. “हम उनका बारे में सोचत रहेनी औरी बेकल हो जानी. हम इंहा सत्ता में बइठल लोग के ई बतावे आईल बानी कि- रउआ लोग गलत बानी. का सत्ता रउआ लोग के अंधा क देले बा? ई छात्र लोग हमरा अइसन माई लोग खातिर लड़ता. उ सब दुःख बुझे वाला बा. हमरा दुःख में सामिल लोग के पुलिस से पिटात देखल बहुत असहनीय रहे. जे रउआ हमार दरद बूझ नईखी सकत, त राउर सत्ता के का मतलब बा? किरपा क के लईकन प जुलुम मत करीं.”