मंजुनाथ गौड़ा कहतारन, “पर साल हमनी के राते-रात एक लाख रोपया के नोकसान भईल रहे.” कीरा अयिलसन औरी हमनी के फल खराब क दहलन. एगो भोर में हमनी अनार में छोट-छोट छेद देखनी. बुझाए कि केहू ओमे कई गो सूई हला देले बा.” एहीसे ए साल (2023) उ कवनो संका में नईखे रहे के चाहत. गदेनाहल्ली अनार के आपन दू एकड़ के बगइचा के चारू ओर तार के जाली लगावतारन. 34 बरीस के मंजुनाथ के उम्मीद बा कि एसे फसल बेमारी, चिरई औरी कीरा से बांचल रही.
मंजुनाथ हर साल खादर औरी दवाई प 2.5 लाख रोपया खर्चा करेलन. उनकर कहनाम बा कि इ बहुत सुकुआर फल ह. तुरंते खराब हो जाला.
इ सलाना खर्चा के पूरा करे खातिर उ औरी उनकर पत्नी पर साल कर्जा लहल. उनकर पत्नी प्रियंका कहली, “हमनी के उम्मीद बा कि ए साल हमनी के कुछ नफा होई. औरी हमनी सब कर्जा चुका दहल जाई.” प्रियांको उनका साथे खेत में कार करेली औरी अपना घरो के कार करेली.
कुछ किलोमीटर दूर मोहन गौड़ा के खेत में 400 अनार के गाछ बैक्टीरिया ब्लाईट (जैथोमोनस एक्सोनोपोडिस पीवी प्यूनिक) से परभावित भईल ह. उनकर कहनाम बा कि “एगो खेत से दूसर खेत के सब गाछ में पसर जाई.” एकर एक्के गो उपाय बा कि पत्ता प फफूंदी वाला दवाई छींटल जाव.













