“हमार नाव तुलसीभाई नारणभाई हवे बाकिर अगर हमके खोजे के बा त कहे के पड़ी, ‘बच्चन के बोलाव’. सब हमके एही नाव से जानेला,” तुलसीभाई कहेलन जिनके लोग शौक से एगो फिलिम के सुपरस्टार के नाव से बोलावेला.
तुलसीभाई (60) अपनी बेटा तनुभाई के संघे अहमदाबाद के गुलबाई टेकरा लगे एगो फुटपाथ पर रहेलन. उनकर मेहरारू तनुभाई के जनम के बाद गुजर गईली. “हमार दादी हमके पलली पोसली. उ अब्बो जियतारी आ सौ बरिस से ऊपर के हो गईल बाड़ी,” उमिर के तीसवां फेंटा में आ गईल तनुभाई कहेलन.
बाप बेटा दूनो जाने सबेरे नौ बजे से ले के राती के नौ बजे ले कचरा बीनेला आ एके मेमनगर के भंगारवाला (कचरा व्यापारी) के बेच देला. मेमनगर शहर के एगो तालुका हवे जहां कचरा बीने वाला लोग आपन कचरा किलो के भाव से बेचेला.
जवना दिन ई पत्रकार ओ लोगन से मिलल ओ दिने उ लोग दुपहरिया के दू बजे ले लगभग चार किलो प्लास्टिक के बोतल आ एक किलो कार्डबोर्ड एकट्ठा कईले रहे. ओसे कचरा व्यापारी से उनके 110 रुपिया मिलल. “ए बेरी गर्मी बहुत ढेर रहल ह,” तुलसीभाई कहेलन, “हमनी के बेमार पड़ जाईं जा. जवन कार्डबोर्ड हमनी के बीनले रहनी जा ओही से दिन भर गर्मी में पंखा हांकल जाओ.”






