“एकर अधिकतम गति 30 किलोमीटर प्रति घंटा हवे, बाकिर ई 27 से ऊपर ना जाले.”
तब्बो वसीम कुरैशी अपनी गाड़ी के फिर से काम करे के लेके खुश बाड़ें. मोटर से चले वाली ए तिपहिया के उपयोग 34 बरिस के वसीम अपनी काम पर जाए आ वापस आवे खातिर करेलन.
जइसहीं बाइक पर चढ़ेलन, उ हमके बतावेलन कि वायरिंग अभी तनी गड़बड़ बा आ ब्रेक के उपयोग करत के सावधान रहे के पड़ी. तिपहिया साइकिल पर लागल कुर्सी में आराम से बैठ के उ हमके सीट के नीचे बैटरी आ पीछे एगो छोट स्टोरेज कम्पार्टमेंट देखा रहल बाड़ें.
वसीम बाइक स्टार्ट करेलन आ अपनी छोट मोबाइल रिपेयर करे वाला दुकान की ओर निकल जालें. उनकर दुकान हरियाणा के मांडीखेड़ा के उनकरी गांव से एक किलोमीटर से भी कम दूरी पर दिल्ली-अलवर राष्ट्रीय राजमार्ग के किनारे पेड़न के नीचे छिपल बा. हम देखतानी कि उनकरी मोहल्ला के बच्चा कुल उनकी पीछे दौड़ रहल बाड़ें सन, हंसत बाड़ें सन आ उनकी तिपहिया के पीछे छोट कम्पार्टमेंट में चढ़ जातारें सन. बाकिर उ बुरा नईखन मानत, बल्कि उहो उन्हनी के हंसी में शामिल हो जातारें.












