चेन्नई में भईल तमिलनाडु राज्य के गणतंत्र दिवस समारोह में रानी वेलु नचियार ऊ नामी बेकती में से रहली जेकरा प खूब चर्चा भईल. औरी जेकर खूब तस्वीर खींचल गईल. उनकरा के वी.ओ. चिदंबरम पिल्लई, सुब्रह्मण्यम भारती औरी मरुत्थू बंधू जइसन बेकती के साथे झांकी में देखल गईल.
‘स्वतंत्रता संग्राम में तामिलनाडु’ के अगुअई करे वाली ओ झांकी के केंद्र सरकार के बिसेसग्य समिति नयी दिल्ली के गणतंत्र दिवस परेड खातिर मना क दहलस. तमिलनाडु के मुख्यमंत्री एम.के. स्टालिन प्रधानमंत्री से बीच में पड़े के निहोरा कईलन. बाकिर ओह पर कवनो सुनवाई ना भईल. आखिर में, एकरा के चेन्नई में राज्य के गणतंत्र दिवस पर भईल समारोह में जगह दियाइल. एकर लोग खूब बड़ाई कइलक.
केंद्र के ‘बिसेसग्य समिति’ के दहल कारन में से एगो ईहो रहे कि एमे से कौनो बेकती के ‘राष्ट्रीय स्तर प केहू नईखे जानत’ अक्षया कृष्णमूर्ती इ बात से इंकार करतारी. उनकर बिस्वास बा कि ‘वेलु नाचियार’ के साथे उनकर गहिरा जुड़ाव बा. जे अंग्रेजन से लड़ाई कईल. औरी जे 1796 में अपना मिरतु ले सिव्गंगा (अब तमिलनाडु के एगो जिला) प राज कईल.
उ कहेली, “हमरा जिनगी के इयाद राखे वाला समय बा जब हम 11वां कक्षा में अपना इस्कूल के खेला में वेलु नाचियार के रोल कईनी.”
अक्षया आगे कहली, “बाकिर इ खाली नाक औरी नाटक वाला बात ना रहे.” अपना भीतर उ ‘वीरमंगई’ के ताकत औरी साहसो महसूस कईली. रानी वेलु नाचियार के गीत के बोली में वीरमंगई कहल जाला. अक्षया एगो सीखल नृत्यांगना बाड़ी. उ बतावेली, इस्कूल प्रतियोगिता के दिने उनकर मन-मिजाज दब रहे. उनका ना पता रहे कि ओ दिन उ ठीक से नाटक क पयिहें कि नाही. बाकिर नीमन खातिर उ आपन पूरा ताकत लगा दहली.
जब उ मंच से उतरली त बेहोस हो गईली. उनका के अस्पताल ले जेल गईल. जहां उनका के पानी चढवल गईल. ”हम दूसरा स्थान प रहनी. आपन आइवी लाइन९द्रिप के सूई) के साथे हम आपन इनाम लहनी.” इ घटना उनकरा अपना सकती प भरोसा करे के सिखवलस. उनकरा भीतर ‘साहस’ जनमल. एकरा बादे ऊ कार औरी मोटरसायकिल चलावे के सिखली.












