दिसंबर 2019 में पचास बरिस के सुभाष बिक्कड़ आपन जिनगी के नया शुरुआत करे निकल पड़लन. ऊ दू दसक ले छत्रपति संभाजीनगर के एगो ट्रांसपोर्ट कपंनी में ट्रक ड्राइवर हस.
सुभाष के कहनाम बा, “हम दू गो दोस्त लोग संगे मिलके आपन ट्रांसपोर्ट कंपनी शुरू कइनी. तीन ट्रक आ कंटेनर कीनल गइल. हमनी तीनों एके गांव के रहीं आउर रात भर ट्रक चलावत रहीं. पुणा के एगो दोस्त गारंटर बनके हमनी के मदद कइलक.”
एह फैसला से सुभाष बिक्कड़ के जिनगी नया करवट लेलक. ट्रक ड्राइवर से मालिक बने के उनकर सफर, साझेदार दोस्त लोग के संगे-संगे सारणी सांगवी के दोसर 80 नौजवान लोग के भी किस्मत बदल देलक. मात्र 1460 आबादी वाला एह गांव में हर चौथा परिवार ट्रक ढुलाई के कारोबार में लाग गइल. सारणी सांगवी सूखा से जूझे वाला बीड़ जिला के कैज तहसील के एगो जुड़वां गांव बा.
साल 2025 आवत-आवत सारणी सांगवी ट्रक आ मा ढोवे वाला कंटेनरन (शिपिंग, चाहे कार्गो कंटेनर) के गांव बन गइल. गांव के ई 80 नौजवान लोग लगे मिलाके 400 ट्रक आ लोडिंग कंटेनर हो गइल. काम एतना बढ़ल कि देश के बड़-बड़ ट्रांसपोर्ट कंपनी सब आपन ढुलाई के जिम्मा ओह लोग के देवे लागल. एक-दोसरा के भरोसा आ गारंटी पर केतना लोग मालिक बन गइल. सरपंच सुनील केदार मुस्कात कहेलन, “एतना ट्रक हो गइल कि दीवाली पर खेत में सभे ट्रक के एक संगे पूजा कइल गइल.”
ट्रक-कंटेनर अब गांव के भाग्य-विधाता बन गइल रहे.
बाकिर आज एकरा में से बहुते तादाद में ट्रक आ कंटेनर या त ओह जगह पर फंसल बा, जहंवा ओकरा भेजल गइल रहे, चाहे रस्ता पर खड़ा बा. गांव में हमनी के गिनती के ट्रक नजर आइल. अमरीका-इजराइल के ईरान पर युद्ध सारणी सांगवी के तरक्की के पहिया जाम कर देले बा. ऊपर से बढ़त रोड टैक्स जइसन केतना बोझा सब पहिले के एकर कमर तुड़त आ रहल बा.







