ऊ विराट कोहली के दीवाना रहस, त उनकरा बाबर आजम नीमन लागत रहस. कोहली शतक बनावस, त ऊ उऩकरा छेड़ देस आउर जब बाबर नीमन शॉट मारस, त ऊ उनकरा मुंह बिलावस. आयशा आउर नुरुल हसन के बीच एहि तरह हंसी-मजाक लागल रहत रहे. क्रिकेट दूनो प्राणी के बीच लगाव आउर पिरित के भाषा बन गइल रहे. ओह लोग के अइसन पगलैटी देखके लोग अचंभा करे कि दूनो प्राणी के ‘अरेंज मैरिज’ (परिवार के तय कइल बियाह) बा.
जून 2023 में जब बिस्व क्रिकेट कप के टाइम टेबल (समय सारिणी) आइल, त आयशा के आंख चमके लागल. भारत आउर पाकिस्तान के बीच के मैच 14 अक्टूबर के गुजरात के अहमदाबाद में होखे के रहे. तीस बरिस के आयशा बतइली, “हम नुरुल के कहनी कि हमनी के ई मैच स्टेडियम जाके देखे के चाहीं.” पस्चिमी महाराष्ट्र में आपन नइहर राजाचे कुरले गांव में बइठल ऊ ओह दिन के इयाद करे लगली. “भारत आउर पाकिस्तान के बीच कमे आमना-सामना होखेला. हमनी खातिर ऊ बड़ा दुर्लभ दिन रहे. दुनो प्राणी के मनपसंद खेलाड़ी के संगे खेलत देखे वाला दिन.”
तीस बरिस के नुरुल सिविल इंजीनियर रहस. एन्ने-ओन्ने फोन खड़का के ऊ कइसहूं दू ठो टिकट के इंतजाम कइलन. दुनो लोग बहुते खुस रहे. आयशा ओह घरिया पेट से रहस. उऩकर छठमा महीना चलत रहे. ऊ लोग बहुते संभार के सतारा जिला के आपन गांव पुसेसावली से 750 किमी जाके मैच देखे के योजना बनइलक. ट्रेन के टिकट बुक हो गइल, रहे के भी बंदोबस्त हो गइल. आखिर में जब ऊ दिन आइल, ई जोड़ा उहंवा पहुंच ना सकल.
चौदह अक्टूबर, 2023 के जब भोर भइल, नुरुल के मरला एक महीना हो चुकल रहे, आयशा के जिनगी के सूरुज डूब गइल रहे.








