ग़रीब नगर के हवा धूर आ चिंता से भरल बा.
मुंबई के बांद्रा ईस्ट में 19 से 23 मई 2026 के बीच अतिक्रमण हटावे के चलल अभियान में कोई 500 झोपड़ी ढाह देवल गइल. ई झोपड़ी दिहाड़ी मजूर आ घरेलू कामगार लोग के रहे.
चारों ओर मलबा बिखरल बा.
पन्नी के टेंट के नीचे आलिया शेख, रुकसार खान अफसर, आसमा शेख आ हिना खान संगे बईठल बाने. मुस्लिम बहुल एह इलाका में, सालन से जवन जगह उनकर घर रहे, ओही के सोझे फुटपाथ पर अब ऊ लोग के रात गुजारे पड़ता.
17 मई के सांझी के, ग़रीबनगर के रहवईयन के एगो नोटिस मिलल कि बांद्रा जंक्शन के लगे के बस्ती दू दिन में ढाही दिहल जाई.
ईद बस कुछे दिन रही गईल रहे, जेके एहिजा रहे वाला बेसी लोग मनावेला. " इंसानन के इंसानियत कहंवा रही गईल बा?" आलिया, 52 बरिस के मेहरारू रिपोर्टर से पूछली. ऊ आपन पतोहा आ नाती नातिन खातिर नया कपड़ा लाईल रहली जवन अब बाकी समान के संघे बनहाईल बा.
















