रूबेल शेख आ अनिल खान गाड़ी चलावत बाड़ें... बाकिर ओ लोगन के गाड़ी जमीन पर नईखे चलत. उ लोग जमीन से 20 फीट ऊपर आ जमीन से तकरीबन 80 डिग्री के ढलान पर गाड़ी चलावत बाड़ें. अगरतला के ई मेला में आईल भारी भीड़ उनकर स्वागत कर रहल बा. रूबेल आ अनिल कार के खिड़की से बाहर निकल के भीड़ खातिर हाथ हिलावत बाड़ें.
ई लोग मौत का कुआं में अपनी कला के प्रदर्शन करत बाड़ें जहां ई लोग कार आ बाइक के उपयोग से मंच के किनारे से सीधा खड़ा ‘दीवाल’ पर चढ़ के कई तरह के स्टंट करेलन.
ई प्रदर्शन दस-दस मिनट लम्बा शो में बंटल रहेला आ घंटन चलत रहेला. इ मौत के कुआं लकड़ी के तख्ता से बनावल कुआं के आकृति में होखेला. मेलन में एके बनावे में कई दिन लागेला. ज्यादातर चालक कुआं बनावे में भी योगदान देला लोग. मंच बनावे के प्रक्रिया शो आ उनकरी सुरक्षा खातिर महत्वपूर्ण होखेला.
अगरतला, त्रिपुरा में अक्टूबर 2023 में दुर्गा पूजा पर आयोजित ए मेला के कई आकर्षणन में एक आकर्षण ‘मौत के कुआं’ भी हवे जेकरी नाम में ही खतरा जुड़ल बा. अन्य आकर्षणन में फेरीज़ व्हील, मेरी-गो-राउंड आ टॉय-ट्रेन शामिल बा.























