आफिया खातून के गाना अगस्त 2023 में इंटरनेट पर छा गइल.
ई मात्र संजोग रहे. एक दिन एक्स (पहिले ट्विटर) पर एगो यूजर उनकर वीडियो डाल देलक. वीडियो में खातून असम के बंगाली बोले वाला मुसलमान लोग के स्थानीय भाषा में गावत नजर अइली. उनका संगे उनकर दू ठो बेटा दोकारा (बंगाली लोक संगीत में इस्तेमाल होखे वाला दू तार वाला बाजा) आउर ढोल बजावत नजर अइलन.
गीत के बोल एह तरहा रहे:
जोनोतारे’ ई शोबाई मिले थाना’ए एजार दिले, हिमंतो सरकार बुले दोइयोशी रे.
जोनोतारे जालाहिया, हिमंतोर एई जोंत्रना, जोनोता’ई शोइते आर पारे ना.
आर कोतो जलाई’बे बोलो ना,
आर कोतो जलाई’बे बोलो ना
[लोगवा मिलके एक के बाद, थाना में शिकायत दरज कइले बा. ऊ लोग कहेला कि एकरा खातिर हिमंता सरकार दोषी बा.
लोग के परेसान कइल जा रहल बा, देखीं हिमंता के जुलुम. जनता अब ई सब बरदास्त ना करी.
मेहरबानी करके बताव कि तू आखिर हमनी के आउर केतना सतइब?
मेहरबानी करके बताव, हमनी पर आउर केतना जुलुम ढहब?]
ऊ बतावत बाड़ी कि ई गीत असम के मुख्यमंत्री हिमंता बिस्वा सरमा के राज्यव्यापी बाल-बियाह रोको अभियान के नाम पर मुस्लिम समाज के लोगन के सामूहिक गिरफ्तारी के बिरोध करे के मकसद से गइले रहस.
“ई गीत हमनी के समाज के दुख-दरद के आवाज बा,” खातून कहेली. “केहू के त आवाज उठावहीं के पड़ी नू.” असम में फरवरी 2023 में बाल बियाह के खिलाफ पहिल कार्रवाई में 3,900 से जादे लोग गिरफ्तार कइल गइल. बाद में सैंकड़न आउरो लोग पकड़ाइल. बाकिर एह में सबले जादे बंगाली मुस्लिम समाज के लोग बा.










