इ कहानी पार्थ एम. एन के कड़ी के एगो हिस्सा ह, जेकरा पुलित्जर सेंटर के समर्थन मिलल बा.
अपना चचेरा भाई से पावल यूट्यूब के एगो साधारण लिंक अमोल खांडेकर पर अइसन भारी पड़ल कि उनका आपन दू महीना से जादे के कमाई के नोकसान उठाये के परल. औरी इ मामला धोखाधड़ीयो वाला ना रहे.
आपन गुजारा मस्किल से करे वाला 35 साल के मजूर उ लिंक देखलस औरी भोरे-भोरे चले वाला एगो बस में सवार हो गईल. ओकरा साथे ओकर 11 साल के बेटा रहे, जेकरा मूड़ी में गांठ रहे. साथे ओकर बेमार माइयो रहे जेकरा ठेहुना में दरद रहे. एगो टूटल-फूटल सरकारी बस में नौ घंटा के जात्रा से ठेहुना के जकडन औरियो बढ़ गईल. बाकिर इ जतरा बेकार ना जाए वाला रहे. उनकर चचेरा भाई भरोसा दहले रहलन कि ओ सब के देह वाला सारा मस्किल के हल ओही यूट्यूब चैनल प मिली.
ए चैनल प एगो वीडियो के कई गो कड़ी देखावल रहे. जौना में एगो दाढ़ी वाला ‘बाबा’ लउकस. उनका लिलार प उज्जर टीका रहल करे औरी उ कई हजार लोग के बीच में अपना भक्त जईसन लोग से बोलस. उनका लगे हर मस्किल के हल रहे. परिवार के समस्या होखे चाहे सराब के बान होखे. चाहे कौनो पैसा-धंधा से ले के कैंसर जईसन बेमारी ले, मन के बेमारी के दिक्कत ले औरी प्रेम-जीवन तक ले, राजेन्द्र गाडगे ‘महाराज’ लगे हर मस्किल के हल रहे.
उनका चैनल के अनुसार, गाडगे ‘दत्त’ क 12 साल वाला आध्यात्मिक कोर्स कईले रहलन. दत्त एगो पौराणिक संत रहलन. जेकरा के भगवान विष्णु के अवतार मान के पूजल जाला. चैनल के ‘अबाउट’ सेक्शन में आगे बतावल गईल बा, कि “सांच भक्ति से खुस हो के दत्ता गुरु गाडगे महराज के आसीरबाद दहलन. तब से ले के अब ले, “उ दवाई औरी अरदास के मदद से आपन भक्त लोग के मस्किल दूर करत आ रहल बाड़न.
यूट्यूब चैनल प 183,000 सबस्क्राइबर होखे औरी हर वीडियो के नीचे खूब बड़ाई वाला कमेंट देख के, अमोल सोचलन, “उ जरूर कुछ सही करत होहिंहे.”










