आर. नल्लकन्नु 1925-2026
भारत के स्वतंत्रता संग्राम के अंतिम जिंदा बचल सिपाही में से एक आर. नल्लकन्नु 25 फरवरी के आपन अंतिम यात्रा पर निकल गइलन. ऊ 101 बरिस के रहस आउर सायद तमिलनाडु से नाता रखे वाला स्वतंत्रता सेनानी में से अंतिम रहस. गोरन के खिलाफ लड़े वाला ओह पीढ़ी से रहलन, जे अब धीरे-धीरे खतम होत जा रहल बा. ऊ हमार किताब ‘द लास्ट हीरोज: भारतीय स्वतंत्रता के पैदल सिपाही’ के हिस्सा रहस.
सन् 2022 में, स्वतंत्रता दिवस के दिन तमिलनाडु सरकार उनका राज्य के सबले बड़ सम्मान, तगईसल तमिलकर पुरस्कार से नवाजले रहे. अइसे त, कॉमरेड आर. नल्लकन्नु ई सम्मान स्वीकार कर लेले रहस, बाकिर एकरा संगे मिले वाला 10 लाख रुपइया नकद में ऊ अपना ओरी से 5,000 रुपइया आउरो जोड़ के तुरंत मुख्यमंत्री राहत कोष में दान कर देलन. ऊ अइसन शख्सियत रहले, जे कइएक लोग संगे मिलके तमिलनाडु में किसान आंदोलन खड़ा कइलक. उनका जाए से तमिलनाडु के एगो स्वर्णिम युग समाप्त हो गइल.













