डाल्टनगंज के सादिक मंजिल चौक पर सबेरे 7 बजे चहल पहल बा – ट्रकन के हार्न बाज रहल बा, दोकानन के शटर खिंचा रहल बा आ लगहिं के एगो मंदिर से हनुमान चालीसा के रिकॉर्ड भईल आवाज आ रहल बा.
एगो दोकान के सीढ़ी पर बईठल ऋषि मिश्रा सिगरेट पियताने आ अगल बगल के लोगन से तेज आवाज में बतिया रहल बाड़ें. आज सबेरे के चर्चा हाले में भईल आम चुनाव आ नया सरकार के गठन के आसपास घूम रहल बा. अपनी आसपास के लोगन के बहस करत सुन के नजरुद्दीन अहमद, जवन अबहीं ले अपनी गदेली पर खैनी मलत रहलें हां, आखिर चर्चा में कूदेलन आ कहेलन, “आप लोग बहस काहें करत बानी? केहू सरकार बनावे कवनो फरक नईखे पड़े के, हमनी के अपनी जिए खातीर मेहनत करहीं के पड़ी.”
ऋषि आ नजरुद्दीन ओ दिहाड़ी मजदूरन में से बाड़ें लोग जे ‘लेबर चौक’ के नाम से जाने जाये वाला चौराहन पर हर सबेरे खड़ा होखेला लोग. ओ लोगन के कहनाम बा कि पलामू के आसपास गांवन में कवनो काम नईखे. सादिक मंजिल के लेबर चौक पर 25-30 मजदूर लोग दिहाड़ी के काम के इंतजार करता. ई जगह शहर के पांच चौकन में से एक बा जहां झारखण्ड के आसपास के गांवन से हर सबेरे लोग काम के खोज में एकट्ठा होखेला.








