अगस्त 9, 2023. नांगुनेरी, के एगो सरकारी इस्कूल में चिन्नादुरइ 11 कक्षा के एगो दलित छात्र, अपना इस्कूल के बडका जात के सहपाठी लईकन के अत्याचार के बिरोध कईलस. एकरा चलते ओकरा प हमला भईल. औरी ओकरा के बहुत जादे घाही क दहल गईल.
फरवरी 12, 2025. शिवगंगा में, “तहरा जात के कवनो आदमी के एतना हिम्मत कईसे भईल कि उ हमनी के आगे गाड़ी चलाई?” शिवगंगा सरकारी कॉलेज में बीएससी के तीसरका साल के बिद्द्यार्थी अय्यासामी पर मोटरसायकिल चलावला के चलते भारी हमला भईल. उ कौनो तरे आपन जान ले के भागल.
मार्च 10, 2025. अरियनायगीपुरम: जबरजस्त युवा कबड्डी खिलाड़ी देवेंद्रराज प ओ समय हमला भइल, जब ऊंच जात के लोग एह बात से चिढ़ गइल कि दलित टीम ओनसे कइसे जीत गइल.
31 मार्च, 2025. अरुमुगमंगलम: केविन सेल्वगनेस के बेरहमी से हत दियाइल. काहे से कि उ दूसर जात के लयिकी से प्रेम करत रहलन.






























