दिसंबर 2021 के एगो जड़वत भोर रहे. अमर थोरबोले महाराष्ट्र के सोलापुर में जिला पुलिस प्रमुख के औफ़िस के ओर 70 किलोमीटर के जतरा करत रहलन. ओ बेरा सड़क प कूहा रहे. उनका लगे डीजल के एगो गैलन औरी दियासलाई के एगो डिब्बा रहे.
थोरबोले आपन मोटरसायकिल एक ओर लगवलन औरी धीरे से गैलन के ढक्कन खोललन औरी पुलिस स्टेशन के ओर बढ़त अपना ऊपर डीजल डाल लहलन. उ दियासलाई जरवलन. पहिले सायं फुस भईल, ओकरा बाद पुलिस आईल.
घटना के पहिले, बरशी में कर्जा तसीले वाला एजेंट 38 साल के थोरबोले आ उनकर परिवार के धमकावत रहे. उ उनका कर्जा के देनदार बतावत रहे जौन उनका लहल कर्जा से पांच गुना बेसी रहे. औरी पुलिस उनका मामला के जांच करे से इनकार क देले रहे. काहे से कि जे लोग प धोखाधड़ी के आरोप रहे, उ लोग के राजनीतिक रसूख बहुत बेसी रहे.
भइल ई रहे कि एक साल पहिले मई 2020 में, मराठा समुदाय से आवेवाला थोरबोले आपना नया नाश्ता-पानी के कारोबार बढ़ावे के योजना बनवलन. उ आपन बचत के बेसी हिस्सा इस्तेमाल क के एगो जमीन कीनलन. उनकर योजना रहे कि पोहा औरी वड़ा पाव जइसन नाश्ता के साथे-साथे मसालो बेचस. जे तरे उ पहिलही से अपना स्टॉल प बेचत रहलन. साथही उ प्लॉट प सामान धरे खातिर एगो गोदामो बनवावे के चाहत रहलन.
उ 5 लाख रोपया के लोन लेवे के सोचलन. थोरबोले शिव शक्ति अर्बन को-ऑपरेटिव बैंक में लोन खातिर अर्जी देवे के फैसला कईलन. काहे से कि ब्रांच मैनेजर, गणेश बारंगुले, थोरबोले के पुरान साथी युवराज बारंगुले के बैपार के साझेदार रहलन.
जान-पहचान के चलते गणेश थोरबोले से बैंक के कागज प दुबारा दस्तखत करे के कहलन काहे से कि “पहिले के अर्जी में गलती रहे.” त थोरबोले औरी उनकर मेहरारू दुनु जाना एकरा के एगो साधारण बात बूझल.
जुलाई 2020 के सुरुआते में, गणेश उनका के बतवलन कि लोन मंजूर हो गईल बा. औरी लोन चुकावे के गारंटी खातिर 10 गो दस्तखत कईल चेक जमा करे के कहलन.
इ जोड़ा बिना सवाल कईले इसने कईल. थोरबोले के 34 साल के पत्नी सुजाता कहली, “हमनी के संबंध नीमन रहे. हमनी के उनका ऊपर (गणेश औरी युवराज प) भरोसा रहे.
इ भरोसा एक साल ले बनल रहल, औरी फेर रिकवरी एजेंट उनका घर में घुसिया गईल. सुजाता के धमकी दहल कि जे थोरबोले 25 लाख रोपया के हाऊसिंग लोन चुकवल जारी ना रखलन, त बैंक उनकर संपत्ति जब्त क ली. उ कहली, “हम अझुरा गईनी.”











