कोविड-19 आइल त बिकास कुमार के सेना में भरती खातिर चल रहल फिजिकल फिटनेस (शारीरिक तंदुरुस्ती) के आपन ट्रेनिंग रोके के पड़ल. सन् 2022 में ऊ आपन रोज के अभ्यास फेरु से सुरु कर देलन. आरा हवाई अड्डा के मैदान पर 400 मीटर के ट्रैक पर 4-5 गो फेरा मारके 1.6 किमी दउड़त रहलन. ऊ कहेलन, “हम ओतना दूरी मोटा-मोटी 5 मिनट 20 सेकेंड से 5 मिनट 25 सेकेंड के बीच पूरा कर लेत रहीं.”
फेरु ऊ दिन में एकरा 5 से 6 बेरा दोहरावस. अइसन करे घरिया समय के पूरा ध्यान रखस. आउर एकरा अलावे ऊ एके बेरा में 8-10 फटाफट वाला पुल-अप; ढेरे स्क्वैट, पुश-अप आउर दोसर कइएक तरह के व्यायामो करस. “हम जदि फिजिकल फिटनेस परीक्षा (सेना में भरती खातिर) में भाग लेले रहतीं त हमरा एह खातिर ‘एक्सीलेंट’ (शाबाशी) मिलल रहित,” उनकर कहनाम बा. सेना में भरती खातिर तइयारी कर रहल कवनो नौजवान जदि तय दूरी जल्दी पूरा कर लेवेला, त अफसर लोग ओकर छाती पर एह शब्द के मुहर लगावेला.
बिकास भरती के फिजिकल टेस्ट में अव्वल आवे खातिर एकदम तइयार रहस.
बाकिर जून 2022 में कुछ अइसन भइल, जे जवान लइका लोग खातिर कोविड-19 से भी जादे आफत वाला साबित भइल. ई कवनो महामारी ना रहे, बलुक एगो सरकारी नीति चलते उत्पन्न भइल संकट रहे.
ओह आफत के नाम अग्निपथ योजना रहे. जदि ऊ एकर परीक्षा में अव्वल अइतन, त उनकर छाती पर ‘अद्भुत’ के ठप्पा ना, बलुक उनकर वरदी आउर सामान पर खाली ‘अग्निवीर’ लिखाइत.
















